विश्व सुचना नेटवर्क प्रा. लि. (दर्ता नं ८८२ / ०७५ – ०७६)
Losapa Nepal
Simarajitpur

सरसफाइ के नाम मे देखावटी कागज अा फोटो पर दातृ के लोभावे के काम बारा मे कईल जारहल

cin bigyapan

प्रभु यादव, बारा//  सरसफाइ के नाम मे देखावटी कागज अा फोटो पर दातृ के लोभावे के काम बारा मे कईल जारहल नजमानस के सिकायत बा । कलैया उपमहानगरपालीका के वार्ड नम्वर १ मे रहल भरत चौक अा बजार के अारीपाछी के रास्ता पर शनिचर के सबेरे भईल सरसफाई के सन्दर्भ मे जनता सब सिकायत करहल बा । खाने पानी तथा सरसफाई कार्यालय बारा के अायोजना मे भईल कार्जक्रम मे भरत चौक से सुरू होके बजार के सब अोर सरसफाई कईल गईल रहल । कलैया उपमहानगरपालीका से प्रत्येक दिन सुबह मे सरसफाई करेवाला कर्मचारी सब सरसफाई करेला जवना जगह सरसफाई कईल नाटक हवे स्थानी मधु प्रधान बतावले बानी । सरसफाई करेवाला कर्मचारी निमन ना भईल नात कवनो सघ सस्था से रकम मगावे खातिर नात अाईल रूपेया अोरवावे खातिर कईल गईल सिकायत प्रधान कइनी ।

Thank you for reading this post, don't forget to subscribe!

कम्युनिष्ट पार्टी के नेता श्रीपासवान जहाँ सरसफाई करेके चाहिँ उहाँ ना कर के भईल जगह कईल जनता के देखावेवाला काम रहल जनकारी देहले बानी । जिल्ला के सरसफाई कागज मे देखा के विदेशी के देखावटी नजरी बना के रकम कमाए के जररहल पासवान जनकारी देहनी । सरसफाई करहल नेता लोग सफा रास्ता मे रहल कुछ कागज सब के खराहरा के बहार के नाला मे करदेहला से सफाई नाहोसकत व्यापारी जटाशकर साह जनकारी देहनी ।

devatal gapa

कलैया १ मे रहल गाव के रास्ता पर नाला रहला बादो वर्षा के पानी जमल बा , हुलाकी राजमार्ग के रास्ता मे नाला के पानी जमा होके पाक भईला से चलेवाला के दिकदारी होरहल बा , नेपाल के पुरान स्कुल मे से दुसरका रहल श्री ३ चन्द्र माध्यमिक स्कुल के दिवाल तुरदेहल गईल फिल्ड मे पानी जमल बा जहवा नजर नागईल माकिर सफा जगह मे देखावल गईल सिकायत स्कुल के फिल्ड मे खेलेवाला जवान लोग के रहल बा । समाज सेवी विपिन दास अा अोमप्रकाश ठाकुर के जिल्ला के सरसफाई कराके स्वच्छता अभियान अन्तर्गत खुला पैखाना मुक्त , सरसफाई पुर्ण अभियान खातिर कईल गईल जनकारी देहनी । कार्जक्रम मे प्रदेश नम्वर दु के मन्त्री जितेन्द्र सोनल , जिल्ला समन्वय समिति के बारा क्षेत्र नम्वर ४ के संसद एकवाल मिया , जिल्ला समन्वय समिति के संयोजक नवलकिशोर सिह , कलैया उपमहानगरपालीका के मेयर राजेश राय यादव लगायत समाज सेवी पत्रकार , नेता , सरसफाई के क्षेत्र मे काम करेवाला हस्ती लोग के सहभागिता मे कर्जक्रम भईल रहल ।

baragadhi
Karaiya Mai

Comments are closed.