विश्व सुचना नेटवर्क प्रा. लि. (दर्ता नं ८८२ / ०७५ – ०७६)
Losapa Nepal
Simarajitpur

शिक्षा स्वास्थ्य मे राजनैतिक ना करेके परल : पूर्व मन्त्री चौधरी

2,200

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

cin bigyapan
प्रभु यादव, बारा ।।  बारा के बुध्दगाई गाव मे स्कुल के जन्मजयन्ती अा अभिभावक दिवस के उपल्क्षय मे भईल कार्जक्रम मे शिक्षा अा स्वास्थ्य मे राजनैतिक ना करके पूर्व स्वास्थ मन्त्री एवम बारा क्षेत्र नम्वर १ के संसद उमाकान्त चौधरी बतावले बाडन । बारागढी गावपालीका १ मे रहल जनता माध्यमिक विद्दालय के जन्मजयन्ती के अवसर पर भईल कार्जक्रम के प्रमुख अतिथि चौधरी सम्बोधन करत राजनिति ना करे के बतावले बाडन । शिक्षा मे ध्यान ना देहला से समाज पछाडी परहल बा संसद चौधरी जनकारी देहले बानी । स्कुल जेतना अगाडि बढेके चाहिँ वोतना ना बढे सकल बा जवना के कारण राजनैतिक रहल चौधरी जनकारी करावले रहनी । शिक्षा सेहि देश समवृध्द होखेला अोकरा विशेष महत्व देके अगाडि बढावे के चौधरी जनकारी करावले रहलन । गरिबी अा बेरोजगारी के कारण देश मे अार्थिक सम्वृध्दी ना होए सकल चौधरी जनकारी करावले बानी । सब अधिकार स्थानीय तह मे अागईल बा अब पालीका से नियम बनाके शिक्षा के विकास कर सकेके संसद चौधरी जनकारी देहले बानी ।
devatal gapa
जनता मावि मे अपन संसदीय कोष से अावेवाला वरीस मे २० लाख भौतिक पूर्वाधार मनावेला देवे के घोषणा संसद चौधरी कईले बानी । बिहान के अवसक्ता के खातिर अाजु के लईकालईकी सब मे लगानी कईल जरूरी रहल चौधरी जनकारी देहले बानी । विशिष्ठ अतिथि विराटनगर उच्च अदालत के शाखा घनकुटा उच्च अदालत के मुखय न्यायधिस निता गौतम जनानी सब के पढाइ मे पछाडी परला के कारण प्रदेश नम्वर २ के मुखयमन्त्री से लेयावल गईल बेटी बचाव बेटी पढाव कार्यक्रम से जनानी लोग मे शिक्षा मे सुधार होखे के जनकारी देहले बानी । मुद्दा कर के अगाडि बढला पर समाज विगरी गावमे अाईल स्थानीय निकाय मे मेलमिलाप करके बढला पर समाज मे सद्भाव कायम होखे के मुख्यन्यायधिस गौतम जनकारी करावले रहली ।
न्यायधिश मुद्दा मिलावेला रूपेया लेवेला कहल गलती ह विच के लोग अापन कमावेला रूपेया लेके दुख देवेला कवनो मुद्दा के खातिर कोईके रूपेया नादेवे के अाग्रह गौतम कईनी । बारागढी गावपालीका के अध्यक्ष देवदत् बछाड के सभापतित्वमे भईल कार्जक्रम मे भुईकप प्रविधि समाज नेपाल के महासचिव अामोदमणी दीक्षीत , संञचर प्रमुख इनजीनियर खडकसेन अोली , लोकसेवा अायोग के पूर्व सदस्य अर्जुनमणी दीक्षित , जिल्ला शिक्षा समन्वय इकाई के प्रमुख नारेन्द्रराज पौडेल , बारागढी के प्रशासकिय अधिकृत अमोद चौधरी थारू कल्याणकारी के अरूण चौधरी थारू , अभिभावक दुखहरण चौधरी , शिक्षक रामनाथ दास लगायत के लोग शिक्षा मे विशेष जोड देवे के कलक लोग ।
जन्म जयन्ती के असरपर खेलकुद मे भागलेके विजयी भईल लईकालइकी सब के पुरस्कार अा प्रमाण पत्र अा विधालय के बनावेला सुरूवात से कईल सहयोग करेवाला लोग के समान पत्र , कदर पत्र सहित दोसला अोढा के अतिथि लोग समान कईले रहल । कार्जक्रम के सञ्चालन निरमा चौधरी अा विधालय के कार्यपत्र प्रअ विरेन्द्र चौधरी सुनावले रहलन ।
baragadhi

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Karaiya Mai

Comments are closed.